Bhojpuri में पढ़ें- केकर कब बोलाहट आ जाई, के जानत बा, गायक केके के अचनके गइल लोग के खटकsता


रउआ प्लेलिस्ट में अइसन कई गो गीत होई जवन केके गवले बाड़ें आ रउआ मालूमो नइखे. उनके गीत खुशी वाला होखे, रोमांटिक होखे भा दर्द भरल होखे, सब में जवन भाव बा जवन अदायगी बा, आह बा, रउआ लागी कि ई गीत हमरे खातिर गावल गइल बा. ई खासियत रहल ह केके के कि उ जवन गीत गा देस, ओकरा से हर श्रोता जुड़ जाव. एही कारण उनके गावल अधिकांश गीत हिट बा.

केके के गीत दुनिया भर के नयका आशिकन खातिर लभ के टॉनिक रहल बा. लोग उनके गीत गाके अपना प्रेमिका के इंप्रेस कइले बा. कईगो लोग त आपन दिल के बात उनका गीते के सहारे सामने वाला से कहले बा अउरी इश्क के जंग जीत लेहले बा. उनके गीत ‘हम रहें या ना रहें कल, कल याद आएंगे ये पल, पल ये हैं प्यार के पल’ त बुझी तबके स्कूल आ कॉलेज के विदाई समारोह में खूब बाजे. ओ बेरा पत्थरो सुने त ओकर आँख लोरा जाव. अइसन उनके आवाज आ ओ गीतन के शब्द में जादू रहे. उनके गीत ‘यारों दोस्ती बड़ी ही हसीन है, ये ना हो तो क्या फिर बोलो ये जिंदगी है’ आजुओ दोस्ती के मतलब बतावे खातिर गावल बजावल जाला. ई गीत त बुझीं अभियो रउआ स्कूल कॉलेज के प्रोग्राम में बाजेला अउरी लोग के भावुक कर देला. श्रोता के बीच ई पहुँच रहल ह केके के.

केके कब बोलहटा आ जाई, के जानत बा!

अपना इहाँ लोग खीसा कहेला कि ‘केके कब बोलहटा आ जाई, के जानत बा. केके के अभी उमीरे का रहल ह. ऊ 53 साल के रहलें हं. उनके गइल लोग के अचरज में डाल देले बा. गीत गावत, नाचत आ लोग के झुमावत कलाकार कुछ देर बादे अपना जीवन से विदा ले लेव, ई बात अभियो लोग मान नइखे पावत. ओकरा से एक दिन पहिले पंजाबी गायक आ रैपर अउरी देश दुनिया में अपना गीतन से खास पहचान बना चुकल सिद्धू मूसेवाला के भी नृशंस हत्या हो गइल, ई बात भी लोग के चौंका देहलस. 28 बरिस के सिद्धू अभी संगीत उद्योग खातिर बहुत कुछ करे वाला रहलें हं. उनके भविष्य काफी उज्ज्वल रहल ह, तबले ऊपर से बोलहटा आ गइल. एही से लोग ई बतिया साँच कहेला कि केके कब बोलहटा आ जाई, के जानत बा. हमार (मनोज भावुक ) एगो शेर बा –

भावुक हो ई जिनगी त पतझार के पतई ह
ई काल्ह रही कहवाँ, केकरा ई खबर बाटे

केके कोलकाता में कॉन्सर्ट करे गइल रहुवें. उनके नजरुल मंच ऑडिटोरियम में प्रोग्राम रहुए. केके के प्रसिद्धि के ई आलम रहल ह कि उनके नाम सुनते लाखों के संख्या में लोग जुट जात रहल ह. उनके आखिरी कॉन्सर्ट के दिन भी इहे भउए. नजरुल मंच सीटिंग 2482 आदमी के बा, बाकिर ओहिजा भीड़ बेकाबू होके ऑडिटोरियम के गेट तूर के अंदर घुस गइल रहुए. ई बात उहाँ के स्टाफ बतावत बाड़ें. उनके कॉन्सर्ट के कई गो वाइरल भइल वीडियो में इहे नजर आवत बा कि चारु ओर से पैक ऑडिटोरियम में उ गर्मी से बेहाल हो रहल बाड़ें, बार बार ऊ जाके कपड़ा से मुंह पर के पसीना पोंछ रहल बाड़ें. ओह दिन कोलकाता में बहुत तेज गर्मी रहे आ उमस पारा तूर देहले रहे. केके बार-बार एसी के पावर बढ़ावे के भी बात कहले बाड़ें. साइत उहाँ कई गो एसी काम ना करत रहुए. बुझीं एतना बड़ चूक कइसे हो सकेला. केके के जब ज्यादा दिक्कत महसूस भउवे त ऊ उहाँ से अपना होटल निकल गउयें. ओ होटल में ही उनके स्थिति बिगडुये, छाती में दर्द शुरू भउए. उनके अस्पताल ले जाए के क्रम में मृत्यु हो गउए. पोस्टमार्टम रिपोर्ट में प्रथम दृष्ट्या त इहे बात सामने आइल बा कि केके के मृत्यु कार्डियक अरेस्ट के चलते भइल बा.

केके हिन्दी के सुकुमार गायक रहलें हं

एह बात में कवनो दोराय नइखे कि केके हिन्दी संगीत जगत के सुकुमार गायक रहले हं. उ हालांकि तमिल, तेलुगु, कन्नड, मराठी, ओडिया, गुजराती जइसन कई गो भाषा में गवले बाड़ें. बाकिर उनके हिन्दी में गावल गीत कालजयी बा. उनके गीत किशोर अउरी युवा पीढ़ी खातिर स्ट्रेसबस्टर रहल बा. उनके गावल गीत आजुओ बहुत सुनल जाला. ‘सच कह रहा है दीवाना, दिल ना किसी से लगाना, ‘तड़प तड़प के इस दिन से आह निकलती रही’ ई दुनू गीत हर टूटल दिल के आशिक एक बार त जरूर सुनले होई. उनके रोमांटिक गीत ‘दिल इबादत कर रहा है, तू ही मेरी शब है, ‘बीते लम्हे, ‘आँखों में तेरी, ‘सजदे किए हैं लाखों, ‘जरा सा दिल में दे जगह तू’ आदि गीत त अभियो सभके जुबान पर बा. उनके डांस नंबर में ‘तूने मारी एंट्रियाँ रे दिल में बजी घंटिया, ‘डोला रे डोला, ‘अप्पड़ी पोडु, ‘दिल नशीं दिल नशीं, ‘चले जैसे हवाएँ, ‘दस बहाने कर के ले गए दिल’ आदि गीत बाड़ी सन.

केके भले एह दुनिया से विदा ले लेले बाड़ें. बाकिर एगो कहावत बा नू अंग्रेजी में “लिजेंड नेवर डाइज. केके गीत-संगीत संसार अउरी अपना श्रोता लोग के दिल में हमेशा जिंदा रहिहें. उनके गीतन के विरासत सगरी दुनिया के फ़ील गुड करावत रही.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा और साहित्य के जानकार हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri

image Source

Enable Notifications OK No thanks