Bhojpuri: कबो नून रोटी खाके गुजर करे वाली स्टार कॉमेडियन भारती सिंह के ई जन्मदिन रहल बहुत खास


भारत में कॉमेडी के बहुत पुरान परंपरा रहल बा. अपना इहाँ के संस्कृति में हास्य के जुड़ाव चोली दामन वाला बा. माने जदि भारतीय जीवन बा त उहाँ हास परिहास भी बा. प्रहसन, हास्य कविता, कवित्त, परिहास, संस्कार गीत में गारी, ठिठोली आदि त रउआ सभे सुनले होखब. अक्सर गाँव में कुछ अइसन रिश्ता भी होला जहां हास परिहास प्रचलित बा. जइसे भाभी – देवर, जीजा – साली, समधी – समधन आ हीत – मीत, ए सब रिश्ता में लोग एक दुसरा से ठिठोली करेला आ खुश होला. जब नाटक-नौटंकी के दौर आइल त विदूषक भा लबरा भा जोकर आवे लगलें जे हँसावस. जब फिल्मन के दौर आइल त कॉमेडियन होखे लगलें. रउआ जॉनी वॉकर, महमूद, सूरमा भोपाली, जॉनी लीवर, राजपाल यादव के नाम त सुनले ही बानी. फेर टीवी के दौर चालू भइल त ओमें कई गो कॉमेडी शो चालू भइली सन. ओ में से कई गो कॉमेडियन निकललें जे स्टार बनलें, जइसे कपिल शर्मा, राजू श्रीवास्तव, खुद भारती सिंह, कृष्णा अभिषेक आदि.

हालांकि एही सब के बीच हास्य कविता के परंपरा पीढ़ियन से आ रहल बा. ओहि लेखां मंच पर कॉमेडी करे के भी प्रचलन पश्चिम के देशन में चालू भइल जेकरा के स्टैन्ड अप कॉमेडी कहल जाला. मशहूर हॉलीवुड फिल्म अभिनेता जिम कैरे एही स्टैन्डअप कॉमेडी के सहारे कुछ बरिस में फिल्मन में मौका पा गइलें अउरी दुनिया भर के चहेता हास्य अभिनेता बन गइलें. एगो दौर रहे कि उनके अन्य सब स्टार अभिनेता लोग से अधिक मेहनताना मिले. उनके परिवार अमेरिका के एगो छोट शहर में खाली पड़ल पार्क में उधार के मोटरहोम में रहे लोग. फेर अइसन टाइम आइल कि विश्व के सबसे महंगा शहर में गिनाए वाला लॉस एंजिलिस में उ आलीशान महल में रहे लगलें. ई स्टैन्डअप कॉमेडी ही भारती सिंह के भी फर्श से अर्श पर लेके आइल. एगो अभावग्रस्त परिवार के लइकी आज भारत के चहेता स्टार बिया, एकरा पीछे ई हँसल हँसावल ही बा. कहलो जाला कि केहु के हँसावल बड़ मुश्किल काम ह, अउरी जे ई काम करत बा, ओकर त भाई मेहनताना भी बढ़िया मिले के चाहीं.

कबो नून तेल रोटी खा के गुजरली आपन दौर
कॉमेडी क्वीन के नाम से मशहूर भारती सिंह के जनम 3 जुलाई 1984 के पंजाब के अमृतसर में भइल. उनके पिता आ माता पंजाब के निवासी रहे लोग. बाकिर दुनू जाना के पैतृक परिवार नेपाल में रहे. उनके माई के शादी 17 साल के उमिर में हो गइल रहे आ 23 साल के उमिर तक तीनु लइका हो गइल रहलें. भारती सिंह से बड़ एगो भाई आ एगो बहिन बाड़ी. जब भारती 2 साल के रहली तबे उनके पिता के मृत्यु हो गइल. उनके माई फेर कबो दूसर शादी ना कइली अउरी अकेले ही अपना तीनू लइकन के पालन पोषण कइली. अमृतसर अपना कपड़ा के व्यवसाय खातिर जानल जाला. उनके माई परिवार चलावे खातिर फैक्ट्री में कंबल सीए के काम करे लगली. ओतना से परिवार ना चले त घरे आके माता रानी के चुनरी सीयस. एह तरे जइसे तइसे सबके पेट पलाव. इहे दौर रहे जब उनके परिवार नून तेल रोटी खा के गुजारा करे. बाकिर उनके जिनगी के दुख ही रहे जवन लोग के हँसावे के प्रेरणा देहलस. जइसे अउर भी महान कॉमेडियन के साथे भइल बा.

भारती सिंह के कॉमेडी शोज में धीरे धीरे शुरुआत भइल. उनके हाजिर जवाबी आ हंसोड़ किरदारन से लोग खूब प्रभावित भइल. स्टार वन पर आवे वाला प्रसिद्ध कॉमेडी शो ग्रेट इंडिया लाफ्टर चैलेंज के चौथा सीजन में उपविजेता रहली. एही शो से सुपरहिट कॉमेडियन कपिल शर्मा, सुनील पाल, राजू श्रीवास्तव, सुदेश लाहीरी, चंदन प्रभाकर आदि बड़ नाम निकलल बा. आज एह में सबसे सफल कपिल शर्मा बाड़ें अउरी उनका बाद भारती सिंह. भारती सिंह ई शो से 2008 में बहुत प्रसिद्धि पवली अउरी ओकरा बाद आपन करियर सेट करे में सफल भइली. भारती सिंह के प्रसिद्धि कपिल शर्मा शो से बहुत बढ़ल.

उनके आ हर्ष के बियाह 2017 में भइल. दुनू जाना मिल के कलर्स के हिट गेम शो खतरा खतरा खतरा लेके आवेला लोग जवन खूब चलेला. कॉमेडियन भारती सिंह के लगभग टीवी देखे वाला अधिकांश दर्शक जानत बा. उनके पति हर्ष लिम्बाचिया के भी लोग जानते बा. अलग बात बा कि पत्नी के नाम से पति के ज्यादा पूछ बा. हर्ष दरअसल लेखक भी हवें आ पार्ट टाइम टीवी प्रेजेंटर भी हवें. हालांकि भारती से बियाह कइला के बाद उ स्क्रीन पर ज्यादा सक्रिय हो गइल बाड़ें. कहे के माने अब दुनू जाना स्क्रीन के सेलिब्रिटी हो गइल बाड़ें.

भारती सिंह असहीं जीवन में आगे बढ़स आ सफलता के खूब प्रतिमान गढ़स!

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bharti Singh, Bhojpuri

image Source

Enable Notifications OK No thanks