Bhojpuri- फिल्मी सुग्गा: मानसून के मौसम पर बनल ई फिल्मन के ना देखलीं त का देखलीं, आजुए देखीं


एह बरखा में नहइले भी होखब, कूद कूद के, कानों में लोटा के, रोडे पर लागल पानी में खूब छपकल भी होखब. कापी के पीछे वाला पाना फाड़ के नाव भी बनवले होखब अउरी ओ नावे के मझधार में तैरत, डूबत, आगे बढ़त देखले होखब. त आईं ई सब के दुबारा जिए खातिर मानसून के थीम पर बनल फिल्मन के ओर रुख कइल जाव, फिल्मी सुग्गा ओकरे लिस्ट लेके आइल बा.

बरखा अउरी फिल्मन के नाता बहुत पुरान बा. अक्सरहा रोमांटिक फिल्मन में बरखा के एगो सीन त जरूर रखात रहल बा. फेर जदी फिल्मन में हीरो हीरोइन के रोमांस देखावे के बा त बरखा में गाना रही, जदी दुख के पराकाष्ठा देखावे के बा त बरखा के सीन रही, जदी एक्शन सीन में वीभत्सता देखावे के बा त बरखा के सीन रही. कहे के माने, एक बरखा कई गो काम. बरखा के भारतीय फिल्मन में ज्यादा प्रयोग के कारण एगो ई भी बा कि अधिकांश फिल्म मुंबई में शूट होली सन अउरी उहाँ लगभग 4 महीना मूसलाधार बरखा होला, अभियो होइए रहल बा. जदी साउथ के भी फिल्म देखब त उहवों के जवन इंडस्ट्री समुद्र के किनारे बाड़ी सन, उहवाँ भी बरखा के दृश्य खूब फिल्मावल जाला. आईं अब कुछ बरखा के विशेष रूप से दर्शावे वाला फिल्मन के बारे में जानल जाव.

श्री 420 (1955)
ब्लैक एण्ड व्हाइट स्क्रीन पर झमझमात बरखा में छतरी के नीचे दू गो प्रेमी जोड़ा प्रीत के गँठजोड़ कर रहल बा अउरी पीछे गाना बाज रहल बा, “प्यार हुआ, इकरार हुआ, प्यार से फिर क्यों डरता है दिल”. ई दृश्य रउआ इयाद होई, फिल्म के नाम ह श्री 420, शोमैन राजकपूर साहब अउरी खूबसूरत नरगिस के जोड़ी तब से लेके अब तक के दर्शक के अंदर गुदगुदी करा देला, जब जब केहू ई गीत देखेला आ ई फिल्म देखला. एगो ठग अउरी साधारण लइकी के प्रेमकहानी जे में ठग युवक आपन गलती ठीक करे के कोशिश करत बा ताकि ऊ सुंदर साधारण लइकी के प्रेम पा सके. एह फिल्म में कई गो दृश्य रहे जवन बारिश में ही शूट भइल रहे.

ताल (1999)
बरखा के बात होखे अउरी ताल फिल्म के बात ना होखे ई कइसे हो सकत बा. सुभाष घई के ई शानदार संगीतमय फिल्म में जब हीरो हीरोइन चंबा हिमाचल के एगो छोट पहाड़ी गाँव में मिल्ट बाड़ें तब जोर के बरखा होत बा अउरी हीरोइन बरखा में नाचत बिया. ई फिल्म में बरखा के कई गो दृश्य फिल्मावल गइल बा. ऐश्वर्या राय एह में मानसी के रोल में बहुत सुन्नर लागत बाड़ी बरखा में नाचत. ई फिल्म रउआ भले देखले होखब, बाकी एह बरखा के सीजन में एक बार फेर देखे के चाहीं.

तुम्बाड (2018)
तुम्बाड हिन्दी सिनेमा के एगो शानदार कृति ह, जवना के दर्शक बाद में बहुत पसंद कइलें. ई फिल्म बनावे में लगभग 6-7 साल लागल. महाराष्ट्र के एगो छोट इलाका बा जवन सालों भर बरखा बरिसला खातिर शापित बा. उहाँ एगो देवी जेके सभे भुला गइल एही से ई शाप मिलल. उहाँ के रहे वाला एगो परिवार शहर में चल आवत बा. आजादी से पहिले के समय में सेट ई फिल्म लालच अउरी इंसान के कबो खत्म ना होखे वाला इच्छा के देखावेला. ई हॉरर फिल्म ह आ लगातार बरसत बरखा एह फिल्म के वीभत्सता में बढ़ोत्तरी कर देत बा. ई फिल्म जरूर देखे के चाहीं.

रेनकोट (2004)
अजय देवगन अउरी ऐश्वर्या राय के ई फिल्म कलकत्ता में सेट बा. कलकत्ता भी मानसून के टाइम खूब बरखा खातिर जानल जाला. एह फिल्म के कहानी दू गो बिछड़ल प्रेमियन के मुलाकात के इर्द गिर्द बुनल गइल बा. भागलपुर बिहार के मनोज जब कलकत्ता बहिन के शादी खातिर रुपिया कमाए जात बा त उ अपना पुरान प्रेमिका नीरू से मिलत बा. एह फिल्म में भावुक दृश्यन के बरखा आउर सघन कर देत बा. ई फिल्म के बहुत तारीफ मिलल रहे, एक बार एह मानसून सीजन में त देखहीं के चाहीं.

रावण (2010)
मणिरत्नम के फिल्म रावण में पति पत्नी अभिषेक बच्चन अउरी ऐश्वर्या राय रहे लोग. ओ लोग के साथे साउथ के स्टार चियाँ विक्रम आ गोविंदा भी रहलें. एगो डाकू अफसर के बीवी के प्यार में पड़ के अपहरण कर लेत बा, बाद में ओकरा के तब छोड़त बा जब उहो ओकरा प्यार में पड़ जात बिया. ई फिल्म में बरखा, जंगल, झरना, हरिहर पहाड़ एतना सुंदर बा कि रउआ फिल्मन के हर एक दृश्य पसंद आई, उहो जवन बहुत वीभत्स लउकेला.

चमेली (2004)
करीना कपूर अउरी राहुल बोस के ई फिल्म अपना कहानी आ दृश्य संयोजन खातिर बड़ा पसंद कइल गइल रहे. मुंबई के बरखा से बाचत एगो बिजनेसमैन अउरी एगो वेश्या के मुलाकात हो जात बा. दुनू आपन आपन जीवन के किताब खोल देत बाड़ें. एगो साधारण वेश्या जवन खुश बिया, सामान्य बिया, एगो अमीर बिजनेसमन जवन सबकुछ होते हुए भी अपना पूर्व पत्नी के मृत्यु के गम से बाहर नइखे आइल, अवसादग्रस्त बा. फिल्म जइसे जइसे आगे बढ़त बा, ओकर कहानी में बरखा गाढ़ापन घोलत जात बा. ई फिल्म एगो सुंदर कला कृति बा, जरूर देखीं एह मानसून सीजन में.

बरखा के ऊपर गीतन के भी एगो शानदार खजाना बा, उहो जलदिए ले के आइब रउआ लोग के सामने.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri

image Source

Enable Notifications OK No thanks